🥄 spoonternet proxying bh.wikipedia.org share · new url
Cump to jontent

जेस्टोर

विकिपीडिया से

जेस्टोर (JSTOR) ("जर्नल स्टोरेज" क छोटरूप) एक ठो डिजिटल लाइब्रेरी हवे जेकर स्थापना 1995 में भइल। सुरुआत में ई जर्नल सभ में छपल लेखवन के उपलब्ध करावे जे एक ठो निच्चित समय से पुरान होखें। अब एह पर किताब वगैरह भी उपलब्ध बाटे। ई लगभग 2000 के ढेर जर्नल सभ में छपल लेख उपलब्ध करावे ला। ज्यादातर इस्तेमाल करे वाला लोग सब्सक्रिप्शन ले के करे ला हालाँकि, कुछ सामग्री जे पुरान बाटे, सभका खातिर फिरी में उपलब्ध बाटे। दुनिया के बहुत सारी यूनिवर्सिटी सभ एकर सब्स्क्रिप्शन लिहले बाड़ी स।

बाहरी कड़ी

[संपादन करीं]